News Report : Varanasi Hindi News | वाराणसी की हिंदी न्यूज़, हिंदी समाचार, Hindi Samachar, Latest News in Hindi और Breaking News in Hindi की ताजा ख़बरें
JOIN US
  • वाराणसी
  • उत्तर प्रदेश
  • वाराणसी पुलिस
  • पुलिस कार्रवाई
  • Uttar Pradesh News
  • Crime News
  • गिरफ्तारी
  • वाराणसी समाचार
LATEST NEWS
वाराणसी में शराबबंदी के दौरान अवैध बिक्री पर पुलिस की कार्रवाई, 24 लीटर देसी शराब के साथ दो गिरफ्तार
वाराणसी: PM मोदी के भव्य स्वागत की तैयारी तेज, 13 स्थानों पर होगा अभिनंदन
वाराणसी: विंग्स ओवर गंगा एयर शो का रोमांच, राफेल-सुखोई की गर्जना से गूंजा काशी का आसमान
चंदौली में डबल मर्डर से सनसनी: बोरे में बंद दो युवकों के शव माइनर-नाले में मिले
वाराणसी में ऐतिहासिक भरत मिलाप: राम-भरत के मिलन पर भावुक हुए श्रद्धालु
वाराणसी में 22 और 23 अक्टूबर को स्कूल बंद, भरत मिलाप और चुनाव के कारण अवकाश
सामनेघाट पुल पर 4 बसों से भीषण जाम, वाराणसी में ट्रैफिक व्यवस्था और पुलिस पर सवाल
वाराणसी रामलीला बाइक चोरी: दो आरोपी गिरफ्तार, तीन सुपर स्प्लेंडर बरामद
मोतिहारी में दशहरा मेले से लौट रहे दंपती के साथ वारदात, पत्नी से सामूहिक दुष्कर्म, 8 गिरफ्तार
काशी में मां सिद्धिदात्री की आराधना के साथ नवरात्रि का समापन
News ReportNews Report
  • Home
  • India
  • Delhi
  • Uttar Pradesh
  • Bihar
  • Varanasi
Search
  • World
  • India
  • Uttar Pradesh
  • Entertainment
  • Varanasi
  • Prayagraj
  • Bihar
  • Lucknow
  • Kanpur
  • Meerut
  • Ghazipur
  • Read History
Follow US
Gorakhpur

गोरखपुर में डॉ. राकेश श्रीवास्तव की फागुनी हुंकार: भोजपुरी हमारी सांस, यही फागुन क मस्ती

Sandeep Srivastava Sub Editor News Report Newspaper
Last updated: 03/03/2026 12:59
By
Sandeep Srivastava
Sandeep Srivastava Sub Editor News Report Newspaper
BySandeep Srivastava
Sandeep Srivastava serves as a Sub Editor at News Report, a registered Hindi newspaper dedicated to ethical, accurate, and reader-focused journalism. He is responsible for copy...
Follow:
Share
4 Min Read
डॉ. राकेश श्रीवास्तव फागुन में गुलाल के साथ भोजपुरी होली का संदेश देते हुए
डॉ. राकेश श्रीवास्तव गोरखपुर में फागुन के रंग में रंगे हुए और भोजपुरी के महत्व पर प्रकाश डालते हुए।
Contents
  • गोरखपुरिया रंग में रंगल भाई
  • डॉ. राकेश श्रीवास्तव के फागुनी हुंकार
  • लोकगीत के फागुनी तान

गोरखपुरिया रंग में रंगल भाई

गोरखपुरिया माटी के सोंध महक अउर बाबा गोरखनाथ के आशीर्वाद के साथ, पेश बा फागुन के ई एकदम ‘लल्लनटॉप’ खबरिया। रउआ सब पढ़ीं अउर फागुन के रस में डूब जाईं।

डॉ. राकेश श्रीवास्तव के फागुनी हुंकार

गोरखपुरिया रंग में रंगल ‘भाई’: डॉ. राकेश श्रीवास्तव के फागुनी हुंकार-“जिय हो भोजपुरी के शेरो, ई रंग ना ह, ई त ईयारन के प्यार ह!”

गोरखपुर/उत्तर प्रदेश: जब पूरब के हवा में फगुआ गूँजे लागे अउर राप्ती के तीरे ‘जोगीरा सारा रारा’ के शोर मच जाय, त समझ जाईं कि रंग अबीर के असली ‘मिसाइल’ छूट चुकल बा। एही फागुनी बयार में भोजपुरी एसोसिएशन ऑफ इंडिया ‘भाई’ (BHAI) के राष्ट्रीय अध्यक्ष, डॉ. राकेश श्रीवास्तव एकदम चइता अउर फगुआ के लय में नजर अइलन। हमार संवाददाता से बात करत घरी डॉक्टर साहब के अंदाज अइसन रहे कि मानों साक्षात ‘फगुआ’ देह में समा गइल होखे। ऊ हाथ में गुलाल ना, बल्कि शब्द के अइसन फुलझड़ी छोड़लन कि पूरा भोजपुरी समाज अउर प्रदेश के लोग ‘गदगद’ हो गइलन।

डॉक्टर साहब चुटकी लेत कहलन कि-“भैया हो, ई गोरखपुर ह! इहाँ त होली के रंग अइसन चढ़ेला कि मजनू भी मजनू ना, बल्कि फागुन के दीवाना लागेला।” ऊ कहलन कि भोजपुरी खाली भासा ना ह, ई हमनी के सांस ह। अउर जब ले सांस बा, तब ले ई फागुन के मस्ती बा। आज काल के ‘डिजिटल’ दुनिया में लोग व्हाट्सएप पर ‘हैप्पी होली’ भेज के काम चला लेत बाड़न, बाकिर डॉक्टर साहब के साफ कहना बा कि-“भैया, जब ले कपड़ा ना फाटे, अउर चेहरा ‘बैंगन’ नियन न हो जाय, तब ले कइसन होली?” ऊ प्रशासन के मुस्तैदी के सराहना त कइलन, बाकिर संगे-संगे ईहो चेतइलन कि मस्ती में ‘हस्ती’ अउर ‘बस्ती’ के नुकसान न होखे।

होली क संदेश: डॉ. राकेश श्रीवास्तव के होली के खुमार अउर लोकगीत के अंदाज

More Read

वाराणसी में अवैध शराब जब्त करती पुलिस और गिरफ्तार आरोपी
वाराणसी में शराबबंदी के दौरान अवैध बिक्री पर पुलिस की कार्रवाई, 24 लीटर देसी शराब के साथ दो गिरफ्तार
चंदौली में डबल मर्डर से सनसनी: बोरे में बंद दो युवकों के शव माइनर-नाले में मिले
वाराणसी में 22 और 23 अक्टूबर को स्कूल बंद, भरत मिलाप और चुनाव के कारण अवकाश
वाराणसी: सप्तसागर दवा मंडी में FSDA का लाइसेंस सत्यापन, कई दुकानें बंद

अब तनी डॉक्टर साहब के ऊ ‘चुटकी’ अउर ‘ठिठोली’ वाला अंदाज सुनीं, जवन ऊ भोजपुरी समाज अउर देशवासियन खातिर लोकगीत के तर्ज पर कहलन:

सुनऽ रे भैया, सुनऽ रे बहिनिया, रंग चढ़े फागुन के!
जेकरा गाल पर गुलाल न लागल, ऊ त जियते बा मुनल के!

डॉक्टर साहब तनी मुस्कुरा के अउर चश्मा सम्हार के कहलन- “ऐ भैया! जे तोहरा के साल भर ‘ब्लॉक’ कइले बा, आज ओकरा घर जा के ‘जोगीरा’ गा दा! जवन पड़ोसी कछुआ नियन मुँह लुका के बइठल बा, ओकरा मुँह पर तनी ‘गोबर अउर कीचड़’ ना, बल्कि प्रेम के अइसन चटक रंग लगा दा कि ओकरो सात पुश्त याद रखे कि केहू गोरखपुरिया से पाला पड़ल रहे।”

More Read

विधायक सौरभ श्रीवास्तव रामनगर में जनसंपर्क के दौरान लोगों से बातचीत करते हुए
रामनगर में विधायक सौरभ श्रीवास्तव का जनसंपर्क अभियान: समस्याओं का समाधान
वाराणसी: लंका पुलिस ने रामनगर के वाहन चोर को दबोचा, 3 चोरी के वाहन बरामद
फर्जी दस्तावेजों से स्क्रैप ट्रक गायब, मिर्जापुर में कटवाया वाहन; 3 गिरफ्तार
वाराणसी: विधायक सौरभ श्रीवास्तव ने जनसुनवाई में सुनी 62 फरियादें, समस्याओं का किया समाधान

लोकगीत के फागुनी तान

सभके प्रणाम बा, सभके गोड़-लागी बा…
होली के ई हुड़दंग बा, संगे प्रेम के उमंग बा।
भोजपुरी माटी के ई शान, जियें-हंसें हमार हिंदुस्तान!

अंत में ऊ कहलन कि ‘भाई’ (BHAI) एसोसिएशन के तरफ से हमार ईहे संदेश बा कि, नफरत के ‘होलिका’ जरा दऽ, अउर मुहब्बत के ‘पुआ-पकौड़ी’ छान दऽ। जे कवनो गिला-शिकवा बा, ओकरा के राप्ती के धार में बहा दऽ। अउर हाँ, होली त खेलब बाकिर अइसन कि पड़ोसी के आँख ना, बल्कि ओकर ‘दुख’ फूट जाय!

सबके होली का ढेर सारी बधाई बा।

Share on WhatsApp
TAGGED:BHAIउत्तर प्रदेशगोरखपुर होलीजोगीराडॉ. राकेश श्रीवास्तवफागुनभोजपुरी
Previous Article बीनू भइया होली पर लोगों को मर्यादा का संदेश देते हुए काशी-चंदौली की फागुनी बयार में बीनू भइया का संदेश: होली में उत्साह संग मर्यादा भी जरूरी
Next Article दिल्ली-सहारनपुर हाईवे पर भीषण सड़क हादसा, क्षतिग्रस्त बाइक और कार शामली: दिल्ली-सहारनपुर हाईवे पर भीषण हादसा, कार की टक्कर से दो दोस्तों की मौत, तीन घायल
Latest
वाराणसी में अवैध शराब जब्त करती पुलिस और गिरफ्तार आरोपी

वाराणसी में शराबबंदी के दौरान अवैध बिक्री पर पुलिस की कार्रवाई, 24 लीटर देसी शराब के साथ दो गिरफ्तार

वाराणसी में प्रधानमंत्री मोदी के स्वागत की तैयारी में जुटे भाजपा कार्यकर्ता

वाराणसी: PM मोदी के भव्य स्वागत की तैयारी तेज, 13 स्थानों पर होगा अभिनंदन

वाराणसी में गंगा घाटों के ऊपर उड़ते राफेल और सुखोई लड़ाकू विमान

वाराणसी: विंग्स ओवर गंगा एयर शो का रोमांच, राफेल-सुखोई की गर्जना से गूंजा काशी का आसमान

पुलिस अधिकारी चंदौली में माइनर और नाले के पास बोरे में बंद मिले शवों की जांच करते हुए

चंदौली में डबल मर्डर से सनसनी: बोरे में बंद दो युवकों के शव माइनर-नाले में मिले

वाराणसी में भरत मिलाप लीला के दौरान राम और भरत का भावुक मिलन

वाराणसी में ऐतिहासिक भरत मिलाप: राम-भरत के मिलन पर भावुक हुए श्रद्धालु

Follow us on
FacebookLike
XFollow
InstagramFollow
YoutubeSubscribe
WhatsAppFollow
LinkedInFollow
News Report : Varanasi Hindi News | वाराणसी की हिंदी न्यूज़, हिंदी समाचार, Hindi Samachar, Latest News in Hindi और Breaking News in Hindi की ताजा ख़बरें
News Report — a registered newspaper under the Press Registrar General of India (PRGI), with Registration Number: UPHIN/25/A0643, We are your trusted source for Hindi news, delivering accurate, fast, and reliable updates from India and across the globe.
  • About us
  • Contact Us
  • Privacy Policy
  • Terms of Service
  • Ethics Policy
  • Corrections Policy
  • Editorial Policy
  • Editorial Team
  • RSS
  • Join us
© 2026 News Report. All Rights Reserved. This website follows the DNPA Code of Ethics.

Share Newspaper Image

Preparing image…

Newspaper preview
⬇ Download Image